महतो जी के दलान के संगीतमय मुहुर्त


पिछला दिने मुंबई का एम फोर यू स्टूडियो में भोजपुरी के सम्राट गायक भरत शर्मा व्यास नारियल फोड़ के पी के मूवीटौन का बैनर में बने जात भोजपुरी फिल्म “महतो जी के दलान” के संगीतमय मुहुर्त करवलन.
एह अवसर पर निर्माता पी के जोशी, अनिल खान, अरुण पारिख, भुवानिया, हरलालका रुंगटा, निर्देशक आनन्द श्रीवास्तव, सचिन यादव, अभिषेक चढ्ढा, संगीतकार दामोदर राव, मधुकर आनंद, गणेश पाण्डेय, कामेडियन सीपी भट्ट, अभिनेत्री कल्पना शाह, प्रिया कपूर, ईशा, खुशी, नीतू, अभिनेता पंकज तिवारी, अखिलेश राज वगैरह मौजूद रहले.
निर्माता पीके जोशी बतवले कि ऊ पहिले “राजाजी आई लव यू” के निर्माण करीहें जवना के शूटिंग जल्दिये मुंबई में शुरू होखी. ओकरा बाद “महतो जी के दलान” के निर्माण होई.
“महतोजी के दलान” के निर्देशन आनंद श्रीवास्तव करीहें. गीत विनय बिहारी के, संगीत दामोदर राव के, कैमरा नवाब अहमद के, पटकथा आ संवाद सुबोध गाँधी के, नृत्य निर्देशन रिक्की जैक्सन के आ फाइट गब्बर सिहं के रही.
फिल्म के मुख्य कलाकारन में सुमित बाबा, कल्पना शाह, प्रिया कपूर, रिमा सिंह सीपी भट्ट वगैरह रहीहें.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।