महानगरन में भाजपा के दबदबा

यूपी में भइल नगर निकायन के चुनाव में शनिचर के भइल मतगणना का बाद बारह गो नगर निगमन में से दस गो पर भाजपा के मेयर चुनइलें. सपा आ बसपा समर्थित उम्मीदवारन के एक एक सीट मिलल जबकि कांग्रेस का हाथे एको ना लागल. पिछला चुनाव में भाजपा के छह गो मेयर रहलें आ कांग्रेस के तीन गो. अबकी कांग्रेस के एकहु जगहा ना मिल पावल आ भाजपा दस गो मेयर जीता ले गइल.

एह चुनाव में कांग्रेस आ भाजपा अपना चुनाव चिह्न पर लड़ल रहली सँ जबकि सपा बसपा आपन अधिकृत उम्मीदवार केहू के ना बनवली सँ.

मुरादाबाद के महापौर पद पर भाजपा के वीना अग्रवाल, अलीगढ़ में भाजपा के शकुन्तला भारती, गोरखपुर में भाजपा के सत्या पाण्डेय, बरेली में सपा समर्थित निर्दल आइएस तोमर, झांसी में भाजपा के किरन राज, इलाहाबाद में बसपा समर्थित निर्दल अभिलाषा गुप्ता, वाराणसी में भाजपा के राम गोपाल मोदले, लखनऊ में भाजपा के दिनेश शर्मा, कानपुर में भाजपा के जगतवीर द्रोण, मेरठ में भाजपा के हरिकान्त अहूलवालिया, गाजियाबाद में भाजपा के तेलूराम अउर आगरा में भाजपा के इंद्रजीत सिंह वाल्मीकि के जीते के खबर बा.

हालांकि बाद में खबर मिलल बा कि गाजियाबाद से सपा समर्थित उम्मीदवार सुधन रावत भाजपा उम्मीदवार के हरा दिहलन. एह उलटफेर का बाद भाजपा के नौ मेयर, सपा समर्थित दू मेयर, आ बसपा समर्थित एक मेयर के जीत मिलल बा,

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।