बलिया से सपा समर्थित साधना गुप्ता जीतली

चितबड़ागाँव से पार्वती, सहतवार से स्वर्णप्रभा, बाँसडीह से मनोरमा सिहं, रेवती से जयश्री पाण्डेय, आ सिकन्दरपुर से सावित्री देवी जीतल बाड़ी.
मनियर नगर पंचायत से मौजूदा अध्यक्ष ब्रह्मशक्ति संजय सिंह दुबारा जीतलें.
रसड़ा नगरपालिका परिषद अध्यक्ष पद पर वशिष्ठ नारायण सोनी फेर जीतलें. जबकी भाजपा उनुका के टिकट ना दिहले रहुवे.
बिल्थरा रोड से दिनेश कुमार गु्प्त रिकार्ड अन्तर से जीतलें जे पहिला बेर चुनाव लड़ल रहलें.
बलिया नगर निगम के चुनाव में अध्यक्ष पद पर सपा समर्थित उम्मीदवार साधना गुप्ता के जीते के खबर बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..