महानायक खातिर धड़कल साधना सिंह क दिल

दिल जवान होखे के चाहीं उमिर के एहमें का! अब ‘नदिया के पार’ फेम साधना सिंह के देख लीं. उम्र के एह मोड़ पर उनुका प्यार हो गइल बा भा कहीं कि उनुकर दिल केहू चोरा लिहले बा. आ ई दिल चोर हउवें दोसर केहू ना बलुक महानायक कुणाल सिंह.

अब रउरो जानते बानी कि हम बात करत बानी सिनेमा के आ ई प्यार असल ना बलुक फिल्मी ह. साधना आ कुणाल के एह प्यार के एगो जबरदस्त रोमांटिक ट्रैक देखे के मिली निर्माता श्रवण कुमार आर्य आ निर्देशक अशोक गोस्वामी के फिल्म “विध्वंस” में. वेद ऑडियो वीडियो फिल्म प्रोडक्शन के बैनर तले बनत एह फिल्म में साधना सिंह एगो अइसन प्रेमिका के किरदार कइले बाड़ी जे अपना चाहत के इजहार ना कर सकल बाकिर एक दिन जब ऊ सामने आ खड़ा भइल त सबुर के बाँध टूट जात बा.

‘नदिया के पार’ फिल्म से भोजपुरिया दर्शकन क दिलो-दिमाग पर छा जाएवाली साधना सिंह फिलिमन से अघोषित सन्यास ले रखले रही. बीच-बीच में उनुकर इक्का-दुक्का फ़िलिम आवत रहली सँ बाकिर एह फिलिमन के जिकर खुद साधनो सिंह ना करसु. बहरहाल, लमहर दिन बाद साधना सिंह फिल्म “विध्वंस” से आपन वापसी करत बाड़ी.

साधना सिंह क मुताबिक आजु-काल्ह भोजपुरी में जइसन फिलिम बनत बाड़ी सँ ओहमें उनुकर कवनो रूचि नइखे. बाकिर फिल्म विध्वंस के रोल जब अशोक गोस्वामी सुनवें इ उनुका बहुते पसन्द आइल आ करे के हामी भर दिहली.

देखल जाव साधना सिंह के एह वापसी के उनुकर प्रसंशक कइसन स्वागत करत बाड़ें.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *