नई दिल्ली, 18 अगस्त (आईएएनएस). कदाचार के मामिला में कलकत्ता उच्च न्यायालय के न्यायाधीश सौमित्र सेन के उनुका पद से हटावे खातिर ले आवल गइल महाभियोग प्रस्ताव बियफे का दिने राज्यसभा में पारित हो गइल बा.
कवनो मौजूदा न्यायाधीश के हटावे खातिर उच्च सदन का ओर से ले आवल गइल ई पहिला आ भारतीय इतिहास के दुसरका मामिला बा.
प्रस्ताव पर बहस का दौरान सदन में 207 सदस्य मौजूद रहले जवना में से 189 सदस्य प्रस्ताव का पक्ष में आ 17 सदस्य एकरा खिलाफ मतदान कइले. एगो सांसद मतदान से दूर रहले.
जाने लायक बा कि ई पहिला बेर भइल कि जब राज्यसभा एगो महाभियोग प्रस्ताव पारित कइले बिया. अब ई प्रस्ताव लोकसभा में भेजल जाई.
(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)
0 Comments