महाराजगंज उपचुनाव ले के पन्द्रहजने जिलाबदर

महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव शांति आ बिना पक्षपात करावे ला जिला प्रशासन पन्द्रह लोग के जिलाबदर कर दिहले बा. आ सैंतीस जने के अपना थाना में सबेरे साँझ हाजिरी लगावे के आदेश दिहले बा.

जिलाबदर होखे वालन में घुरापाली के राकेश सिंह भुअरा, बेलदारी गांव के खेलाड़ी राय, कोपा टंड़वा के कन्हैया सिंह, जानकी नगर कोपा के अशोक कुमार, जलालपुर के कृष्णकांत तिवारी कृष्णा, बेलकुंडा गांव के अभिमन्यु सिंह, नूरनगर गाँव के दीनबंधु सिंह, पंड़ितपुर के रामचन्द्र महतो, चकदह के भृगुनाथ यदव, मैनपुरवा गांव के हरेन्द्र यादव, नचाप गांव के धनंजय सिंह, बड़की फुलवरिया गांव के निरंजन सिंह आ मैनपुरवा के बलिराम बीन शामिल बाड़ें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।