महाराजगंज में नहर के बांध टूटल

सिवान जिला के महाराजगंज में बुध का रात में जरती माई के मंदिर का नियरा नहर के बांध टूट गइल जवना चलते अगल बगल का खेतन में बाढ़ के पानी पसर गइल. बाँध टूटला के जानकारी मिलते इंदौली आ रामापाली के लोग ओकर मरम्मत करे के कोशिश कइल बाकिर नाकाम रहल लोग. एह बीच प्रशासन के खबर दे दिहल गइल आ अब प्रशासन हालात पर काबू करे के कोशिश करत बिया.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।