महाराष्ट्र दिवस पर सम्मानित होइहें रविकिशन

महाराष्ट्र राज्य बनला का पचास साल पूरा भइला का शुभअवसर पर उत्तर भारतीय विकास परिषद मुंबई का अंधेरी में पानीपत का मैदान में एगो भव्य समारोह करे जा रहल बा जवना में भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन आ राकांपा के राष्ट्ररीय महासचिव डा॰ डी॰पी॰त्रिपाठी के सम्मानित कइल जाई.

परिषद के संस्थापक अध्यक्ष मंगलेश्वर मुन्ना त्रिपाठी बतवलें कि स्थापना दिवस का पूर्व संध्या पर कविवर मंगेश पाडगोकर भाषा भारती सम्मान के आयोजन कइल गइल बा. एह मौका पर लावणी नृत्य, रंगारंग कार्यक्रम, भोजपुरी, आ हास्य कवि सम्मेलनो होखी. मुख्य अतिथि वस्त्र उद्योग मंत्रो आरिफ खान रहीहें, बाकी अतिथियन में शिवसेना के गजानन कीर्तिकर, भाजपा के नगर अध्यक्ष गोपाल शेट्टी, नवाब मलिज, सांसद संजय दीना पाटिल, दोपहर का सामना के संपादक प्रेम शुक्ला वगैरह उपस्थित रहीहें. समारोह के अध्यक्षता पंडित रामजस उपाध्याय करीहें.


(स्रोत : उदय भगत)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।