टटका खबर, मंगल, ३० नवम्बर

by | Nov 30, 2010 | 0 comments

जेकरा पर चोरी के आरोप उहे करत बा थानेदारी
सुप्रीम कोर्ट सरकार से पुछले बा कि जवना आदमी के केरल के पामोलिन आयल घोटाला में नाम बा ओकरे के सतर्कता आयोग के अध्यक्ष कइसे बनावल जा सकेला ? दोसरे उहे आदमी टूजी घोटाला का दौरान दूरसंचार मंत्रालयो में रहुवे. अब ओकरे पर एह सब घोटाला के जाँच आ कार्यवाहियो करे के जिम्मेदारी बा. जब पीजी थामस के केन्द्रीय सतर्कता आयोग के अध्यक्ष बनावल जात रहे तबे विपक्ष के नेता का नाते सुषमा स्वराज ओह नियुक्ति के विरोध कइले रही बाकिर इमानदार प्रधानमंत्री आ कर्मठ गृहमंत्री मिल के ओकरे नियुक्ति करा दिहलन. अब सुप्रीम कोर्ट के सवाल उठवला का बाद थामस मौजूदा गृहमंत्री से आजु सबेरे भेंट करे गइल रहन. हवा बा कि ऊ इस्तीफा दे सकेलें. भाजपा के कहना बा कि थामस के इस्तीफा देबे के छूत दिहला के दरकार नइखे, उनुका के बर्खास्त कइला के जरुरत बा. बाकिर केन्द्र सरकार का ई बाति मान ली ?

खेत खाये गदहा मार खाये जोलहा
भोजपुरी में कहावत ह कि खेत खाये गदहा आ मार खाये जोलहा. गलती केहू अउर करे भुगते के दोसरा के पड़े. राष्ट्रमण्डल खेल के आयोजन के मुखिया रहल सुरेश कलमाडी के छोड़ हर केहू के पकड़ल जा रहल बा, पूछताछ हो रहल बा बाकिर कलमाडी मस्त बाड़न. कहतारें कि संसद में बयान दे के बतइहें कि ऊ कवनो गलती नइखन कइले. ओही तरह टूजी स्पेक्ट्रम घोटाला में ए राजा के छोड़ सबका खिलाफ कार्यवाही करे के हवा बनावल जा रहल बा. महाराष्ट्र के आदर्श घोटाला के दस्तावेज गायब करावल जा रहल बा. सब कुछ का बावजूद कांग्रेस के इहे दावा बा कि ऊ भ्रष्टाचारियन का खिलाफ काम करत बिया.

वशिष्ठ नारायण के जदयू के प्रदेश अध्यक्ष बनावल गइल
बिहार जदयू के अध्यक्ष विजय चौधरी के मंत्री बना दिहला का बाद ऊ अध्यक्ष पद से इस्तीफा दे दिहलन. अब वशिष्ठ नारायण सिंह के बिहार जदयू के अध्यक्ष बना दिहल गइल बा. वशिष्ठ एहसे पहिले समता पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष रहलें. लालू सरकार में ऊ मंत्री रहलें बाकि साल १९९४ में इस्तीफा दे के नीतीश का संगे आ गइलें.

बिहार में जनता कि मिली सेवा पावे के अधिकार
आम जनता के काम एगो तय समय सीमा का भीतर कर दिहल अब सरकारी अधिकारियन के जिम्मेदारी बना दिहल जाई. जे समय सीमा का भीतर काम ना करा पाई ओकरा के जुर्माना भरे के पड़ी. बिहार एह तरह के कानून बनावे वाला देश के पहिलका राज्य होखी. सुचना के अधिकार से बड़हन जरुरी आ कारगर ई अधिकार होखी. बाकिर अगर अधिकारी प्रधानमंत्री का तरह काम करे लागस कि कवनो फैसला ना लिहलो फैसला होला आ एह तरह से जनता के काम भइल चाहे ना काम त हो गइल, तब का होखी ?

विधान सभा के सत्र आजु से शुरु
बिहार के पन्दरहवाँ विधानसभा के सत्र आजु से शुरु हो गइल. सत्र नौ दिसम्बर ले चली. दू दिसम्बर ले विधायक लोग के शपथ दिआवल जाई. तीन दिसम्बर के राज्यपाल के भाषण होखी. छह तारीख के ओह पर बहस बतकुच्चन होखी. सात दिसम्बर के ओह बहस के जवाब दिहल जाई. अबकी के विधानसभा में विपक्षि विधायक कुल सैंतीसे गो बाड़न आ एह कम संख्या में मौजूद विपक्ष कवनो सख्त तेवर ना देखा पाई.

लोजपा विधायक दल आपन नेता चुनलसि
तीन सदस्य वाला लोजपा विधायक दल अररिया से विधायक चुनाइल जाकिर हुसेन खान के आपन नेता चुन लिहलसि. विधायक दल के बईठका में तीनो विधायक मौजूद रहलें. ओने राजद आपन नेता अब्दुल बारी सिद्दीकी के बनवले बिया. बुझात बा कि सदन में विपक्ष के नेता बनावे खातिर दुनु दल में कवनो सुलह समझौता ना हो सकल.

मायावती बिहार में अपना हार के जिम्मेदार लालू आ पासवान के बतवली
बिहार चुनाव का बारे में बोलत यूपी के मुख्यमंत्री काल्हु कहली कि बिहार में कवनो खास विकास नइखे भइल. असल विकास त यूपी में हो रहल बा. इहो कहली कि ई कहल गलत बा कि बिहार के जनता जाति पाँति से उपर उठ के नीतीश के वोट दिहलसि. कहली कि जाति पाँति से उपर उठ के यूपी के जनता साल २००७ में उनका के बहुमत दिहलसि. मायावती का हिसाब से बिहार में नीतीश के जीत नइखे भइल बलुक लालू आ रामविलास के हार भइल बा आ लालू रामविलास के परिवारवाद आ लालू राबड़ी के कुशासन याद करे के बिहार के जनता ओह लोग का खिलाफ एकतरफा वोट दिहलसि आ ओहि आँधी में उनकर बसपो उधिया गइल.

सहारा इण्डिया रियल इस्टेट पर जनता से धन जमा करवला पर रोक
निवेशकन के सब्ज बाग देखा के करोड़ो अरबो रुपिया जमा करावे वाली सहारा इण्डिया रियल इस्टेट पर सेबी जनता से अउरी धन जमा करवला पर रोक लगा दिहले बिया. सहारा इण्डिया सेबी के फैसला का खिलाफ इलाहाबाद हाई कोर्ट के लखनऊ पीठ में याचिका दायर कर के गोहार लगवले बा कि एह आदेश के रद्द करावल जाव. बतावल जा सकेला कि पिछला कई साल से आपन घर खरीदे का चक्कर में हजारन लोग लाखो रुपिया जमा कर के टकटकी लगवले बा आ कंपनी के अधिकारी कवनो जवाब नइखन देत.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up