बलिया में दू गो महारथियन के भिड़न्त

बलिया के जिला पंचायत अध्यक्ष चुनाव में रामधीर सिंह आ राजमंगल यादव का बीच में काँटा के लड़ाई हो रहल बा. रामधीर सिंह बसपा के तरफ से जबकि राजमंगल यादव सपा का तरफ से मैदान में बाड़न. उड़त चिरई के हरदी लगावे वाला लोग के कहना बा कि एह लड़ाई में रामधीर सिंह के जीत तय बा काहे कि पचास गो मतदाता में से छत्तीस गो रामधीर सिंह के कैम्प में जा चुकल बाड़े. राजमंगल यादव निवर्तमान जिला पंचायत अध्यक्ष हउवें.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..