महिला प्रधान फिल्म भगजोगनी

पिछला ९ अप्रैल के बिहार में रिलीज भइल रवि प्रकाश ओझा के बनावल फिल्म भगजोगनी दर्शकन के पसन्द आ रहल बा खास कर के महिला दर्शकन के. ई एगो महिला प्रधान फिल्म ह जवना के कहानी एगो बेटी से शुरु होखत बा आ ओकरे पर खतम होखत बा. कह सकीलें कि ई एगो बेटी के संघर्ष गाथा ह.

फिल्म के खासियत का बारे में बतावत रवि प्रकाश ओझा के कहनाम बा कि अश्लीलता आ दुअर्थी संवादन का चलते पढ़ल लिखल सभ्य परिवार के लोग भोजपुरी सिनेमा से दूरे रहल चाहेला आ उनकर मकसद वइसने लोग के थियेटर तक ले आवे के बा. फिल्म के मुख्य भूमिका पवन सिंह आ रानी चटर्जी के बा. साथ में बा लोग दिव्या पुष्कर, कपिल सदाना, रजा मुराद, पूनम श्रीवास्तव, विनीता वर्मा, बी बी कपूर, संजीव गुप्ता, मौशीला मोंडल, रिमी चक्रवर्ती, डा॰ममता सिंह, प्रियंका, मनोज श्रीवास्तव राजनजी, शैलेश कुमार सरोज, राहुल राजम प्रमोद पाण्डे, संतोष सिंह, आ राजकुमार श्रीवास्तव.

डेबरा पिक्चर्स का बैनर में बनल एह फिल्म के निर्देशक राजकुमार श्रीवास्तव, कथा पटकथा संवाद आ गीत लेखक मनोज मतलबी, संगीतकाार घुंघरु आ विनय विनायक आ छायाकार सानु सिन्हा हउवें.


(स्रोत : रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।