महीनन का इन्तजार का बाद रिजवी बन जइहें अब मंत्री

ziyauddin_rizviसोमार का दिने लखनऊ में अखिलेश सरकार में मंत्री बने के मौका मिल जाई जब सिकन्दरपुर के सपा विधायक जियाउद्दीन रिजवी मंत्री पद के किरिया लीहें. जब इनका के मंत्री बनावे के एलान भइल रहुवे तब ई मक्का गइल रहलन आ ओहिजा से लवटला का बाद से अब ले सुतार ना बन पावत रहुवे.

एही साथे पिछला दिने भठियरपल के आरोप लगा के बरखास्त कइल मंत्री गायत्री प्रजापतिओ के दुबारा मंत्री पद के किरिया धरावल जाई. मुलायम परिवार में हाल के खींचतान में गायत्री आपन गोटी कइसे सोझ करवलन एह बारे में कुछ जाहिर नइखे भइल. गायत्रिए का साथे बरखास्त भइल राजकिशोर सिंह आपन गोटी सोझ नइखन करा पवले. गायत्री के शिवपाल खेमा के जबकि राजकिशोर के रामगोपाल खेमा के बतावल जाला.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।