महुआ के दर्शकन के नीक लागत बा अँखियो के झरोखे से

महुआ टीवी पर देखावल जा रहल धारावाहिक शो “अँखियो के झरोखे से” का बारे में बतावल जात बा कि एकरा के दर्शक बहुते पसन्द कर रहल बाड़े आ एकर टीआरपी बढ़िया जा रहल बा. एकर संगीतो के लोग पसन्द कर रहल बा आ एकर गाना “मैं तो हो गई रे तेरी बावरी” बहुते लोकप्रिय हो गइल बा. एह शो में नायिका के किरदार निभावत छवि पाण्डेय के काम के सभे तारीफ कर रहल बा. एह धारावाहिक में उनुका साथे हेमन्त पाण्डेय, उपासना सिंह, उषा बच्छानी, आ नया चेहरा पुनीत के खास भूमिका बा. एह धारावाहिक के निर्माण आ निर्देशन महुआ मीडिया खातिर रंजन सिंह कर रहल बाड़े. धारावाहिक के क्रिएटिव हेड विनीता उपाध्याय के कहना बा कि महुआ टीवी हमेशा से एह कोशिश में रहेले कि दर्शकन के भरपूर मनोरंजन कइल जाव. एह धारावाहिको से हमनी के इहे कोशिश रहे आ खुशी के बाति बा कि दर्शक लोग के ई धारावाहिक नीक लागत बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..