महुआ के सबले अधिका टीआरपी वाला कार्यक्रम "जिला टॉप"

Akshara-zilatopअगर महुआ चैनल के सबले रोमांचित करे वाला कार्यक्रम के बात करीं त बात होखी “जिला टॉप” के. गवनई आधारित एह शो के एंकरिंग करत बाड़ी भोजपुरी के सबसे सफल अदाकारा अक्षरा सिंह जे एह शो में चार चाँद लगा दिहले बाड़ी. एह शो से अक्षरा सिंह के सफलता के कड़ी में एगो नाम अउर जुड़ गइल बा “जिला टॉप” जइसन सुपर हिट कार्यक्रम के.

अक्षरा सिंह के चुनिन्दा किरदारन में से एगो होखे वाला बा विलेन के किरदार, जवना में अक्षरा सिंह जल्दिए नजर अइहन. फिलिम होखी “धरती के लाल” आ एकर नायक होखीहें सुपरस्टार पवन सिंह. निर्देशक बाड़ें कुमार विकल.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।