महुआ टीवी पर अँखियों के झरोखों से

भोजपुरी टीवी चैनल महुआ हमेशा कुछ नया करे के कोशिश करत रहेला जवना से ओकरा दर्शकन के बढ़िया मनोरंजन मिल सको. एही कड़ी में १७ जनवरी से हर सोमार से बियफे ले रोज राति के साढ़े आठ बजे से एगो नया धारावाहिक शुरु कइल जा रहल बा, “अँखियों के झरोखों से”.

ई एगो संगीतमय प्रेम कहानी होखी जवना में आँसू से भरल प्रेम देखावल जाई. कहानी के मुख्य पात्र पुनीत एगो नामी गिरामी गायक हवे जेकरा घरे अपना हालात से मजबूर नायिका नौकरानी के काम करेले. संयोग से पुनीत के पता चलत बा कि नायिका गायिको हियऽ त दुनु में नजदीकी बढ़ जात बा, जल्दिये दुनु का बीच प्यार हो जात बा जवना का खिलाफ पुनीत के पूरा परिवार खड़ा हो जात बा. बाकिर पुनीत एह विरोध के परवाह नइखे करत आ नायिका से शादी कर लेत बा. पुनीत के इरादा नायिको के मशहूर गायिका बनावे के बा. पुनीत के कोशिश सफल रहत बा आ नायिका मशहूर गायिका बन जात बाड़ी. एकरा बावजूद पुनीत के परिवार ओह नायिका के सकारे अपनावे के तइयार नइखे होत. हालात कुछ अइसन बन जात बा कि दुनु के अलगा हो जाये के पड़त बा.

फेर शुरु होत बा दुनु का जिनिगी में उतार चढ़ाव के दौर, दुर्दिन के दौर. सवाल बन जात बा का कबो ई दुनु फेर एक साथे हो पइहें ? का कबो एह लोग के आपन मंजिल मिल पाई ? एही सवालन का साथ बढ़त जाई एह शो के धारा. कहल जा रहल बा कि ई धारावाहिक भोजपुरी के पहिलका संगीतमय धारावाहिक होखी जवना में हर मोड़ पर एक से बढ़ के एक बढ़िया गाना सुने के मिली.

खुद महुआ मीडिया प्रा॰लि॰ के बनावल एह धारावाहिक के संगीत आ गीत धनंजय मिश्रा के बा जवना के आवाज दिहले बाड़न उदित नारायण, कुमार शानू, इन्दु सोनाली, आ छवि पाण्डेय. धारावाहिक के क्रिएटिव हेड सनातन नेहरू आ प्रोजेक्ट हेड विनिता उपाध्याय हई. मुख्य कलाकार हउवें पुनीत, छवि पाण्डे, उपासना सिंह, हेमन्त पाण्डे, आ उषा वाच्छानी.

(स्रोत : प्रशान्त-निशान्त)

1 Comment

  1. मुकेश यादव Said.....

    बङा निमन समाचार मिलल ,महुआ के लाख लाख धन्यवाद ।

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।