महुआ टीवी पर ‘अपराधी कौन’ 1 फरवरी से

Apradhi_Kaunदेश के पहिलका भोजपुरी चैनल महुआ टीवी 1 फरवरी से ‘अपराधी कौन’ नाम से एगो क्राइम शो शुरू कइले बा. आधा घण्टा के ई क्राइम शो हर शुक आ शनिचर के साँझ 7:30 बजे आ रात 10:30 बजे देखावल जात बा. .बिहार, झारखण्ड, उत्तर प्रदेश, मध्य प्रदेश आ छत्तीसगढ़ के असल घटनन पर बनल एह नाटकीय प्रोग्राम में स्पेशल क्राइम ब्रांच क टीम अपराधियन के खोज निकाली.

एह शो के सिनेमाई फार्मेट पर शूट कइल जात बा आ शूटिंग रीयल लोकेशने पर होखत बा, उमेद कइल जात बा कि उत्तर भारत के दर्शकन के पसंद ध्यान में राखत बनल एह शो के लोग खूब पसंद करी. एह शो के डॉयलाग आम बोल चाल के भाषा में बा.

.शो के निर्माण नियोन फिल्म्स करत बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..