महुआ टीवी पर बिहार के खोज

घिसल पिटल रियलिटी शो, नाटक नौटंकी, सास बहू के सीरियल से अकुताइल लोग खातिर महुआ टीवी ले के आ रहल बा एगो नया तरह के धारावाहिक “बिहार एक खोज”. हर शनिचर के साँझ सात बजे से आ अतवार के दिन में साढ़े बारह बजे से देखावल जा रहल एह कार्यक्रम में बिहार के एतिहासिक धरोहरन के जानकारी दिहल जा रहल बा. टीवी जानकारन के कहना बा कि एह शो के टीआरपी बढ़िया चलत बा आ दर्शक एकरा के भरपूर प्यार दे रहल बाड़े.

“बिहार एक खोज” बजाज डिस्कवर का तरफ से प्रायोजित बा आ एकर सूत्रधार बनल बाड़े सुदीप पाण्डेय. शो के क्रिएटिव हेड हउवें सनातन नेहरू, निर्माता कुमार संभव, आ निर्देशन करत बाड़े विजय पाण्डेय आ शरद पाण्डेय.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।