महुआ टीवी पर ’’भगवान हो… अब केतना दूर’’

भोजपुरिया मनोरंजक चैनल महुआ टीवी पर आजुकाल्ह एगो नया धारावाहिक ‘‘भगवान हो….अब केतना दूर’’ प्रसारित हो रहल बा. एह धारावाहिक में एगो लड़ीकी दुर्गा के बेवकूफी भरल हरकत से सगरी गाँव परेशान बा. ओकरा एह आदत के फायदा गाँव के जमींदार आ पंडित वगैरह उठावत बाड़े, दुर्गा से परेशान ओकर महतारी बेमार पड़ जात बिया. गाँव के बुजुर्ग पोस्टमैन मेलाराम के तब दुर्गा के सुधारे के मौका मिल जात बा. ऊ दुर्गा से कहत बाड़न कि अब तोहार महतारी तबहिये ठीक होई जब तू सुधर जइबू आ तोहरा के त भगवाने सुधार सकेले.

ई सुन के दुर्गा भगवान का तलाश में निकल पड़त बिया. मेलाराम ओकरा के भगवान के पहिचाने के तरीका बतावत बाड़े कि ‘‘बल, रक्षा, दया, धीर, धरे, सत्य रूप भगवान खड़े’’ यानि जवना मनई में ई पाँचो गुण मिल जाव उहे भगवान ह. दुर्गा की तलाश पूरा होत बा कि ना, ओकरा भगवान मिलत बाड़े कि ना, इहे देखावल गइल बा एह धारावाहिक ‘‘भगवान हो…अब केतना दूर?’’ में. कहानी कमलेश कुंती सिंह के लिखल ह, निर्माता हउवें बुल्स आई क्रिएशन आ ब्लाक्क्बेरी इंटरटेनमेंट. निर्देशक हउवन सचिन देव आ कार्यकारी निर्माता विनोद कुमार सिंह.

ई धारावाहिक सोमार से शुक रोजाना साँझ 7.30 बजे से महुआ टीवी पर देखावल जा रहल बा,.


(स्रोत : प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।