महुआ टी॰वी॰ पर डांस शो “नाच नचईया धूम मचईया”

भोजपुरी के मनोरंजक चैनल महुआ टीवी पर एगो अनोखा डांस रियलिटी शो “नाच नचईया धूम मचईया” के प्रसारण 27 अगस्त से हर शनिचर-अतवार का रात 8 बजे से शुरू हो गइल बा. एह डांस शो में भोजपुरी इंडस्ट्री के दस गो टॉप अदाकारा ऑडिशन से चुनल अपना डांस पार्टनर्स का साथे जोड़ी बनाके शामिल होइहें. ई अदाकारा हवे लोग रिंकू घोष, आईटम क्वीन सीमा सिंह, गुंजन पंत, अक्षरा सिंह, स्मृति सिन्हा, मिस जम्मू अनारा गुप्ता, क्रिशा खण्डेलवाल, उर्वर्शी चौधरी, लवी रोहतगी आ संगीता तिवारी. महुआ टीवी एह शो का जरिये आम आदमी के आपन नृत्य कौशल देखावे के एगो बड़हन मंच दे रहल बा. एह शो में सर्वश्रेष्ठ नृत्य, प्रतियोगिता, ड्रामा, इमोशन आ मनोरंजन के खजाना भरल बा.

32 एपिसोड के एह डांस शो के एंकर बाड़े भोजपुरी सुपरस्टार रविकिशन. एह अभिनेत्रियन के नृत्य कौशल परखे वाला जज लोग में बॉलिवुड आ भोजपुरी सिनेमा के तीन गो दिग्गज नृत्य निर्देशक गणेश आचार्य, कानू मुखर्जी आ नृत्यांगना सुधा चंद्रन शामिल बाड़ी. ई पहिला मौका होई जब बॉलीवुड के मशहूर डांस मास्टर गणेश आचार्या कवनो रियलिटी शो में जज बनल बाड़े.

शो के निर्माता हवे गजेन्द्र सिंह के कंपनी “साईबाबा टेलीफिल्मस्”.


(स्रोत – प्रशांत – निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।