माइनर का आखिर ले पानी नइखे चहुँपत

रोहतास जिला के शिवसागर प्रखंड के बसंतपुर माइनर में आखिरी छोर ले पानी ना चहुँपला का चलते ओह इलाका में पटवन के समस्या खड़ा हो गइल बा. नहर में बीचे में दोसरा गाँव के लोग बाधा खड़ा क के पानी ले लेत बा. एह चलते मोहनियां, टाड़ी आ पिताम्बरपुर के लोग का बीच तनाव बन गइल बा. सिकरौल पंचायत के मुखिया विद्यावती ओझा बीडीओ आ सीओ से गोहार लगवले बाड़ी के समस्या के जल्दी से निपटावल जाए.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।