माइ-बाप के सेवा से बढि़के कवनो धर्म नाहीं

रेवती बलिया. बांसडीह विधान सभा क्षेत्र के भाजपा के नेताइन केतकी सिंह कहली ह कि माइ-बाप के सेवा कइल आ आदर कइल भगवान के पूजा कइला नाहेन ह। जे आदिमी अपना माइ बाप के सेवा सरधा के साथे करेला ओसे भगवानो बहुते खुस रहेलन। गायााट के एगो बड़हन समाजसेवी प्रभाकर सिंह के 15वां पुन्नतिथि पर एगो सरदान्जली सभा बोलावल गइल राहुए ओही में बोलत खाने इ बाति उहां के कहुवीं। सुरेन्द्र सिंह आ संजय सिंह दुइ सौ गरीब अउरतन के लूगा बांंटल आ सइ गो साधुअनो के अचला दीहल गउए। उहवां आइल सभे लोग स्व0 प्रभाकर सिंह के मूर्ति पर माला फूल चढ़उए लो।

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..