‘माई के बिरवा’ के सगरी गाना रिकार्ड भइल

MaiKeBirwa,jpgहसीन बॉलीवुड इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘माई के बिरवा’ के दसो गाना रिकार्ड कर लिहल गइल बा. संगीतकार हउवें राज सेन आ गीतकार अतीक इलाहाबादी. एह गीतन के गवले बाड़न मो॰ अजीज, विनोद राठौर, कल्पना, इंदु सोनाली, खुशबू जैन, ममता राउत आ रोहित. निर्माता हसीन ए. सय्यद, निर्देशक कुमार संजय, कहानीकार अतीक इलाहाबादी, कोरियोग्राफर संतोष कुमार आ सह-निर्माता सुनील कुमार अग्रहरि हउवें. सुनील यादव आ एस.एम. अजीज मुख्य भूमिका में बाड़ें. बाकी कलाकारन के चुनल बाकी बा अबही. शूटिंग एही महीना से शुरु होखे वाला बा.

एह फिलिम के कहानी में बतावल गइल बा कि बेटा भलही दुनिया का नजर में निकम्मा, नाकारा होके, बाकिर अपना महतारी का नजर में हमेशा आकाश में चमके वाला सितारा होल. हर महतारी के आस होला कि ओकर बेटा एक दिन दुनिया के सबले बड़का आदमी बनी. बाकिर कइसे ? माई के सपना पूरा होखी कि ना? इहे सब एह फिलिम में देखावल जाई.


(समरजीत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।