माई के माँस खाइल कबो जायज ना हो सके

सपा मुखिया मुलायम सिंह के छोटकी पतोहु अपर्णा यादव एगो ट्वीट क के कहले बाड़ी कि गाय हमनी के माई जइसन हई आ माई के मांस खाइल कवनो तरह से जायज ना कहल जा सके.
अपर्णा यादव लिखले बाड़ी कि उनकर मकसद कवनो मजहब पर कमेंट ना हो के आपन भावना जतावे के बा. गरीबन का बीच गाय काटे का नाम पर आग लगावे वाला ई लोग उहे अमीर ह जे अपना थरिया में गोमांस परोसेला. लिखले बाड़ी कि अगर अमीरन के पइसा से एही तरह लोग गाय के मांस खाई त हिन्दुस्तान के तालिबान बने से रोकल ना जा सकी.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।