माझागढ़ टीसन के टीसन मास्टर के गोली मारल गइल

छपरा-थावे रेललाइन के माझागढ़ टीसन के टीसन मास्टर के शुक का देर रात में कुछ बदमाश गोली मार दिहले, घवाहिल टीसन मास्टर के छपरा सदर अस्पताल में भरती करावल गइल बा. कवना कारन से गोली मारल गइल एकर अबही कवनो सुराग नइखे मिलल. टीसन मास्टर गया जिला के हउवें आ गोपालगंज टीसन पर टीसन मास्टर हउवे. बाकिर इनका के तीन दिन माझागढ़ टीसनो पर ड्यूटी दिहल गइल बा. शुक का दिन में ड्यूटी बजा के टीसन मास्टर रात में सूतल रहुवन जब कुछ मोटरसाइकिल सवार बदमाश आ के उनका के गोली मार दिहले सॅ.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।