नहर में गिरला से दू गो नवहियन के मौत
-

रोहतास जिला के डेहरी-आन-सोन में हाईडल नहर में गोड़ बिछिला के गिरल दू गो नवहियन के डूबला से मौत हो गइल.
दुनू जने के लाश निकाल के पोस्टमार्टम ला सदर अस्पताल भिजवा दिहल गइल बा.
पुलिस बतावत बिया कि बारह पत्थर गाँव के अंटुस अपना फुफेरा भाई साजन कुमार का संगे नहर किनारे दिसा मैदान खातिर गइल रहुवे. एही बीच नहर के सीढ़ी पर अंटुस के गोड़ बिचला गउवे आ उ नहर में गिर गउवे. ओकरा के बचावे ला साजनो कूद गउवे बाकिर दुनू के मौत डूबला से हो गइल. दुनू 18 से 20 बरीस के रहले स.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts