माटी के करजा उतारे चललन मुन्ना भाई, विराज भट्ट आ संजय पांडे

JagdishSharma-SanjayPandey-VirajBhattभोजपुरी सिनेमा के मशहूर निर्देशक जगदीश शर्मा उर्फ मुन्ना भाई, एक्शन किंग विराज भट्ट आ किंग आफ विलेनी संजय पांडे के तिकड़ी पहिला बेर परदा पर धमाल मचावे का तइयारी मे बा भोजपुरी फिलिम ‘कर्जा माटी के’ से. एह फिलिम के शूटिंग पिछला दिने मुंबई के तमाम लोकेशनन पर कइल गइल आ एगो हाईवोल्टेज क्लाईमेक्स का संगे शूटिंग के समापन हो गइल.

एह फिलिम के लीक से हटल फिलिम बतावत मुन्ना भाई माने कि निर्देशक जगदीश शर्मा के कहना बा कि पहिलके बेर विराज भट्ट संगे काम क के उ जान गइलन कि विराज के दिल विराट बा आ उनकर अभिनय कौशल लाजवाब. संजय पांडे का संगे त जगदीश शर्मा कई गो फिलिम क चुकल बाड़न आ मानेले कि विलेनी मे संजय पांडे नीमन नीमन खलनायकन के बाप हउवन.

विराज के कहना बा कि ढेर दिन से चाहत रहले कि मुन्ना भाई का निर्देशन मे काम करे के मौका मिलो जवन एह फिलिम से पूरा हो गइल.

जानत चलीं कि एह फिलिम मे भोजपुरी डासिंग क्वीन सीमा सिंह के एगो लाजवाब भुमिको देखे के मिले वाला बा. अंजली फिल्म्स इंटरटेनमेंट के परोसल आ मुस्कान क्रिएशन के आरबी शर्मा आ शबनम शेख के बनावल एह फिलिम मे एक्शन स्टार विराज भट्ट, काव्या, संजय पाण्डेय, पुष्पा वर्मा, देव सिंह, संजय वर्मा, दीपक भाटिया, ज्योति जाटव, किरण तिवारी, ब्रजेश त्रिपाठी आ सीमा सिंह के खास खास भूमिका बा.

कथा-पटकथा ललित राज सैनी के, संवाद ललित शुक्ला के आ गीत एस कुमार अउर अशोक कुमार दीप के लिखल ह. कैमरा से उतरले बाड़न बोरिचा, संगीतकार अशोक कु. दीप के दिहल, नृत्य निर्देशन रिक्की गुप्ता के आ एक्शन डायरेक्शन शकील शेख के बा.

फिलिम जल्दिए रिलीज होखे के उमेद बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।