मातंग सिंह पर प्राविडेण्ड फण्ड घोटाला के आरोप

त्रिपुरा के सेव नार्थ इस्ट संस्था के सचिव प्रसेनजीत चक्रवर्ती आरोप लगवले बाड़न कि प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के पुरान राजनीतिक सहयोगी आ केन्द्रीय मंत्री रहल मातंग सिंह का खिलाफ प्राविडेण्ड फण्ड घोटाला के जाँच में कवनो प्रगति नइखे होखत. चक्रवर्ती बतावत बाड़ें कि मातंग सिंह के कंपनी नार्थ ईस्ट मल्टीमीडिया प्रा॰लि॰ अपना अगरतल्ला कार्यालय के एकइस कर्मचारियन खातिर साल २००८ में प्राविडेण्ड फण्ड कोड हासिल कइलन बाकिर आजु ले अपना कर्मचारियन के एकर जानकारी ना दिहलन आ ना ही ओहमें कवनो कर्मचारी खातिर एको पइसा जमा करवलन. स्थानीय फण्ड कार्यालय अपना केन्द्रीय कार्यालय के एह बाबत जानकारी भेजलसि आ कंपनी का खिलाफ कार्रवाई करे के लिखलसि बाकिर एह मामिला में कवनो कार्रवाई आजु ले नइखे भइल. कुछ महीना पहिले खुद प्रसेनजीत चक्रवर्तीओ एह बाबत केन्द्रीय पीएफ कमिश्नर आ प्रधानमंत्री कार्यालय के चिट्ठी भेजलन बाकिर कहीं से कुछ ना भइल.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।