मातारानी पर मनोज तिवारी के नया एलबम

सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार आ लोकप्रिय गायक मनोज तिवारी के देवी गीत हमेशा से सुने वालन के दिल पर राज करत आइल बा. ‘बाड़ी शेर पर सवार रूपवा मनवा मोहऽता’, ‘ए हिरना समझ समझ वन चरना’, के आजुओ नवरात में खूबे सुनल बजावल जाला. एह साल मनोज तिवारी आपन नया एलबम ले के आइल बाड़न मातारानी पर.

देवी गीत के ई एलबम राहुल एंटरटेनमेंट आ गीता यादव के सहयोग से रिकार्डिस्ट राकेश के बनावल आ वीकॉन म्यूजिक कंपनी से रिलीज होखत बा. एहमें मुंबा देवी, जीवदानी माता आ महालक्ष्मी देवी के गीत गवले बाड़न मनोज तिवारी.

पिछला शुक के जब एह गीतन के रिकार्डिंग के सिलसिला शुरु भइल त कब भोर हो गइल पते ना चलल. गवला का बाद मनोज तिवारी ओहिजे रिकार्डिंग स्टूडियवे में सूत गइलें. मुंबई के वीरा देसाई रोड पर स्थित जिप ट्रेक रिकार्डिंग स्टूडियो के रिकार्डिस्ट राकेश मनोज तिवारी के बड़हन प्रशंसकन हउवें एहसे ऊ मनोज के जगइबो ना कइलें आ नींद पूरा कर लेबे के मौका दिहलें.


(स्रोत शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..