मामा भांजा आ ननिहाल

लेख के माथा पढ़ के रउरा लागत होखी कि अगर ननिहाल के जिक्र बा त मामा भांजा त होखबे करीहन, काहे कि ननिहाल के मुख्य किरदार त मामे भांजा होलें. बाकिर एहिजा जवना ननिहाल के जिक्र कइल जा रहल बा ऊ कहे के त फ़िल्मी बा बाकिर हकीकत का काफी नजदीको बा. जी हँ, बात हो रहल बा मशहूर अभिनेता गोविंदा के परिवार यानि ननिहाल के.

ननिहाल नाम के एगो फिल्म बनल बा जवना के निर्देशन करत बाड़न राकेश सिंह आ अरुण भोसले. राकेश सिंह के पहचान एगो लेखक के बा बाकिर ऊ गोविंदा के मौसेरा भाईयो हउवन. फिल्म में मुख्य भूमिका निभावत बाड़े विनय आनंद जे गोविंदा आ राकेश सिंह दुनु के भांजा हउवे. मामा भाँजे के ई सिलसिला एहिजे खतम नइखे होखत. फिल्म में महत्वपूर्ण भूमिका में बाड़े प्रमोद सिंह आ कीर्ति कुमार. गोविंदा के सगा बड़ भाई कीर्ति कुमार एह फिल्म में अभिनयो करत बाड़े आ एकरा खातिर गानो गवले बाड़न. प्रमोद सिंह गोविंदा के ममेरा भाई हउवन. एह तरह उहो विनय आनंद के मामा हउवन.

फिल्म के पूरा शूटिंग बनारस में भइल बा जे एह सबकर ननिहाल ह. मतलब कि रील आ रियल दुनु जिंदगी में ननिहाल अपना नाम के चरितार्थ करत बिया. निर्देशक राकेश सिंह कहले कि आजु काल्ह जहाँ भाइयनो का दीवार खड़ा हो जाला वइसनका में एगो फिल्म में एकही परिवार के अतना सारा लोग का साथे प्रेम से काम करे के अनुभव बहुते बढ़िया रहल. ई पूछला कि का ननिहाल के कहानी रउरा ननिहाल के इर्द गिर्द बा? ऊ कहले कि ना, ई हर ननिहाल के कहानी ह. बतवले कि ननिहाल के शूटिंग आ पोस्ट प्रोडक्शन के काम लगभग पूरा हो चूकल बा.

ननिहाल के मुख्य अभिनेता आ ननिहाल के सबसे छोट सदस्य विनय आनंदो ननिहाल के लेके खासा उत्साहित बाड़न. कहतारे कि ई उनकर खुशकिस्मती बा कि हमार पूरा ननिहाल हमरा साथे बा. विनय इहो कहले कि फिल्म के पूरा यूनिट अगर परिवार के सदस्य होखस त काम करे क मजा दुगुना हो जाला. ननिहाल के बाकी किरदारन में मोनालिसा, राकेश पांडे, ब्रिजेश त्रिपाठी वगैरह शामिल बाड़े.


(स्रोत : उदय भगत )

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।