मायावती जतवली समय से पहिले लोकसभा चुनाव होखे के अनेसा

चंडीगढ़,15 मार्च (वार्ता). बहुजन समाज पार्टी सुप्रीमो आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री रह चुकल मायावती आजु अनेसा जतवली कि लोकसभा चुनाव समय से पहिले करावल जा सकेला.

बसपा गोल के संस्थापक कांसीराम के जयंती का मौका पर एहिजा आयोजित पांच राज्यन के राज्य स्तरीय कार्यकर्ता सम्मेलन के संबोधित करत मायावती सचेत कइली कि आराम से बइठला का बजाय बसपा के कामकाज में युद्ध स्तर पर जुट जा लोग आ केन्द्र अउर राज्यन के राजनीतिक सत्ता के चाबी हथियावे ला काम कर लोग, तबहियें, भाजपा जइसन छोट दायरा के सोच वाला गोल के जुलुम से सर्वजन के छुटकारा मिल पाई.

मायावती कहनी कि यूपी के दू गो सीट पर भाजपा के हवा हवाई हो गइला का पाछे असल कारण बसपा से समाजवादी गोल के मिलल समर्थन रहुवे. कहली कि पिछला लोकसभा आ विधानसभा चुनावों में ईवीएम में गड़बड़ी क के बसपा के राजनीतिक नुकसान चहुंपालस गइल.

माँग कइलि कि चुनाव पहिलहीं जइसन बैलेट पेपर से करावल जाय. कहली कि नोटबंदी से देश क् अर्थव्यवस्था कमजोर भइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।