मारीशस में शुरु भइल तीन दिन के विश्व हिन्दी सम्मेलन

पोर्ट लुइस, अगस्त 18 (वार्ता). तीन दिन चले वाला 11 वां विश्व हिन्दी सम्मेलन के आजु शनिचर का दिने मारीशस के पैलेस में स्वामी विवेकानन्द अंतर्राष्ट्रीय सभागार में शुरुआत हो गइल. ई मारीशस सरकार का सहयोग से भारत के विदेश मंत्रालत का आयोजित ई सम्मेलन सोमार के खतम होखी. पिछला सम्मेलन सितम्बर 2015 में भोपाल में भइल रहुवे.

सम्मेलन के खास विषयवस्तु बा  – “हिन्दी विश्व आ भारतीय संस्कृति”. एगो कवि सम्मेलनो होखे वाला बा एह सम्मेलन में जवना के भारते के संस्कति संबंध परिषद आयोजित करी.  भारत आ दुनिया भऱ के हिन्दी साहित्यकारन के सम्मानो होखे वाला बा.

विश्व हिंदी सम्मेलन शुरु होखे से पहिले के साँझ काल्हु गंगा आरती कइल गइल. एह गंगा आरती के आयोजन मॉरिशस के दक्खिन में मौजूद सबले बड़हन आ मशहूर गंगा तालाब का किनारे कइल गइल.

गंगा आरती से पहिले भारत के प्रधानमंत्री रह चुकल अटल बिहारी वाजपेयी के श्रद्धांजलि देत हनुमान चालीसा के पाठ कइल गइल. बाद में रामायण केंद्र में तुलसी जयंती के आयोजनो भइल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।