मार्च में ‘रानी चली ससुराल’

Rani-Sanjay-RaniChaliSasuralजानल मानल फिल्म फाइनेंस कम्पनी आदि शक्ति इंटरटेनमेंट आ जानल मानल फिल्मकार महेश पांडे अउर निर्देशक मुकेश पांडे के भोजपुरी फिलिम ‘रानी चली ससुराल’ के एह महीना पूरा भारत में एके साथ रिलीज कइल जाई. मुंबाजी आर्ट्स के बैनर तले बनल एह फिलिम में अभिनेता मनमोहन तिवारी आ चर्चित अभिनेत्री रानी चटर्जी के बीच के लव केमेस्ट्री, कॉमेडी आ एक्शन पंच देखे के मिली. मनमोहन तिवारी के एह फिलिम से लांच कइल जात बा.

मनमोहन तिवारी के कहना बा कि अपना पहिलके फिलिम में एतना बड़ बैनर, बड़हन बड़हन निर्माता, निर्देशक आ टॉप नायिका रानी चटर्जी के साथ मिलल बहुते खुशी के बात बा.

एह फिलिम में संजय पांडे के जबरदस्त खलनायकी से लोग के सांस टँगा जाई त मनोज टाईगर के हँसवला से लोग लोट पोट हो जाई. अउरी कलाकारन में विकास सिंह, विजय मिश्रा, अमृतलाल प्रजापति (किट्टू), मनोज वर्मा, लल्लन सिंह, जय सिंह, भोला श्रीवास्तव अउर प्रियां पांडे के नाम बा.

‘रानी चली ससुराल’ के संवाद मधु-निराला के लिखल, एक्शन डायरेक्शन सिंह इज किंग के, नृत्य निर्देशन बाली के, संगीत सुरेश आनन्द के, कला अंजनी तिवारी के, कैमरा संचालन मिहिर मिहिंदर के, गीत विनय बिहारी के लिखल, संपादन चिराग जैन के बा. ऑन लाईन प्रोड्यूसर हउवें निलाभ तिवारी.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।