“मार देब गोली केहू ना बोली”

भोजपुरी सिनेमा का परदा पर “धर्मवीर”, “मुन्नी बाई नौटंकी वाली”, आ “बृजवा” जइसन सुपर डुपर हिट फिल्म देबे वाला निर्माता जितश दूबे के अगिला फिल्म “मार देब गोली केहू ना बोली” छठ का मौका पर १२ नवम्बर के रिलीज होखे जा रहल बा. तमंचा आ कारतूस का बल पर माफियन में दहशत पसरा देबे वाला खाकी वर्दी के दबंग के कहानी बा एह फिल्म में.

“मार देब गोली केहू ना बोली” का मुख्य भूमिका में भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रविकिशन बाड़े. फिल्म में ऊ भोजपुरिया चुलबुल पाण्डे बनल बाड़न. अपना बेल्ट आ नेमप्लेट से माफिया गिरोहन के नींद उड़ा देबे वाला रविकिशन के भूमिका सभका के चउँका के राख दी. उनकर नायिका बनल बाड़ी भोजपुरी सिनेमा के काजोल कहाये वाली नायिका गुंजन पंत. फिल्मि दुनिया के पंडितन के कहना बा कि गुंजन एह फिल्म से दर्शकन के दिल जीत ले जइहें.

फिल्म में डायनामिक एक्टर दीपको दूबे बाड़न जिनकर “बृजवा” में भूमिका के भरपूर सराहल गइल रहुवे. साथी कलाकारन में कल्पना शाह, बृजेश त्रिपाठी, आ किरण कुमार के नाम बावे. श्रीकृष्णा क्रियेशंस का बैनर में एह फिल्म के निर्मात्री हई पायल दूबे.

हर कोई एह फिल्म के परफारमेंस पर नजर गड़वले बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।