मालदीव में इमरजेन्सी लगावल गइल

मालदीव में गैरकानूनी हथियार आ विस्फोटक बरामद भइला का बाद ओहिजा के सरकार राष्‍ट्रीय सुरक्षा पर खतरा बताात मालदीव में तीस दिन ला इमरजेन्सी लगावे के एलान कइले बिया. मालदीव के अटॉर्नी जनरल मोहम्‍मद अनिल बतवलन कि राष्ट्रीय सुरक्षा परिषद के सलाह पर राष्‍ट्रपति अब्‍दुल्‍ला यामिन एह आदेश के जारी कइलन.
विपक्षी पार्टी, मालदीव डेमोक्रेटिक पार्टी, एह इमरजेन्सी लगवला पर चिंता जतवले बिया. ओकर कहना बा कि ई कदम राष्‍ट्रपति अपना के सत्‍ता में बनवले राखे के कोशिश करे ला लिहले बाड़ें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।