मालिनी अवस्थी बनववली आपन आधिकारिक वेबबसाइट

मशहूर अवधी आ भोजपुरी गायिका मालिनी अवस्थी अब आपन स्वतंत्र वेबसाइट मालिनीअवस्थी डॉटकॉम का सहारे अपना प्रशंसक से सीधे जुड़ गइल बाड़ी. एह साइट पर मालिनी अवस्थी का जिनिगी, उनका कैरियर, उनका मिलल सम्मान आ परस्कारन का बारे में जानकारी दिहल गइल बा. साइट पर उनकर कई गो खूबसूरत फोटो का साथे अलग अलग शैली के मुद्रा के बेजोड़ संग्रहो दिहल गइल बा.

सावधानी अतने राखे के बा कि उनका नाम के स्पेलिंग बदल गइल बा. काहे कि असलनाम के नकली वेबसाइट पहिले से मौजूद बा. मालिनी में malini का जगहा malinee के इस्तेमाल कइल गइल बा. साइट के पूरा नाम ह www.malineeawasthi.com


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।