मिक्स मसाला फिल्म मिस्टर तांगावाला

बेटवा बाहुबली देबे वाला निर्माता सुजीत पुरी के अगिला फिल्म मिस्टर तांगावाला के प्रस्तुति श्री साईं सिने विजन का बैनर में होखे जा रहल बा. श्री साईं विजन एहसे पहिले हम हईं खलनायक, बवाल करे छेदिया, कबो छुटे नाही साथ वगैरह के प्रस्तुत कर चुकल बा. मिस्टर तांगावाला एगो बड़ बजट के फिल्म हऽ जवना के भव्यता दिलावे खातिर नेपाल से फाईटरन के गैंग बोलावल रहे. फिल्म में डेढ़ सौ तांगा के इस्तेमाल भइल बा जवन बिहार आ यूपी के कई शहरन से मँगावल रहे.
Sujit Puri producer of Mister Tangawala
निरहुआ रिक्शावाला में महत्वपूर्ण योगदान देबे वाला सुजीत पुरी के आशा बा कि इहो फिलिम उहे इतिहास दोहराई काहे कि एहमें भोजपुरिया दर्शकन के पूरा ध्यान राखल गइल बा. एह मिक्स मसाला फिल्म में एक्शन, सामाजिक आ पारिवारिक सरोकार, जबरदस्त कॉमेडी. आ इमोशन बा. फिल्म के लेखक निर्देशक सुजीत पुरी, सह निर्माता हरीश राणा, सुनील प्रजापति आ डी एन शेट्टी, संगीतकार राजेश रजनीश, गीतकार विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव, कैमरा मनीष व्यास, कला अंजनि तिवारी, नृत्य मयंक अशोक के बा.

फिल्म के मुख्य कलाकारन में सुदीप पाण्डे, अभिनव गौड़, सुजीत पुरी, स्वीटी छाबड़ा, प्रिया भट्टाचचार्य, निधी खन्ना, सौरभ पुरी, गौरव घोष, संजय सिंह, बच्चन पचेरा, पुरनैना, विजय यादव आ टीनू वर्मा बाड़े. फिल्म के एक्शन पार्ट टीनू वर्मा के सजावल ह, फिल्म के निर्माण के काम पूरा हो चुकल बा आ अब पोस्टप्रोडक्शन के काम चल रहल बा.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।