मिजोरम ला कांग्रेस उम्मीदवारन के सूची जारी

नयी दिल्ली 02 नवम्बर (वार्ता) कांग्रेस मिजोरम विधानसभा के सगरी चालीस गो सीट पर आपन उम्मीदवारन के सूची जारी क दिहलसि. एह सूची में शामिल नामन के चुनाव कांग्रेस के केन्द्रीय चुनाव समिति कइलसि.

दू गो मौजूदा विधायकन के टिकट काट लीहल गइल बा आ बाकी सगरी मौजूदा विधायकन के फेरू टिकट दे दीहल गइल बा. कांग्रेस सगरी 40 सीटन पर अकेले चुनाव लडी.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।