’मिटा देब रावणराज‘ के संगीतमय मुहूर्त

पिछला दिने महावीर मूवीज इंटरटेन्मेंट प्रस्तुति एक्शन अउर पारिवारिक ड्रामा से भरल मनोरंजक भोजपुरी फिल्म ’मिटा देब रावणराज‘ के संगीतमय मुहूर्त मुंबई के अंधेरी स्थित एम फोर यू स्टूडियो में बिहार के मोतिहारी जिला के ढाका के विधायक पवन जायसवाल का हाथे नारियल फोड़वा के करावल गइल. एह मौका पर गायक मनोज मिश्रा के अवाज में गीतकार राजेश मिश्रा के लिखल गीत संगीतकार राजेश गुप्ता के धुन पर रिकार्ड कइल गइल.

एह मौका पर विधायक पवन जायसवाल बतवलें कि एह फिल्म से मोतिहारी शहर के अभिनेता सुभम सागर के भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में पेश कइळ जात बा. फिल्म में कुल दस गो गाना रही जवना के रिकार्डिंग शुरू हो गइल बा. शूटिंग २५ सितम्बर से यू.पी. आ बिहार के मनलुभावन जगहन पर कइल जाई.

निर्माता महेश चौधरी, निर्देशक बाली, लेखक सुभम सागर, गीत राजेश मिश्रा, संतोष साजन, मनोहर जायसवाल, संगीत राजेश गुप्ता, छायांकन जगविन्दर सिंह हुण्डा, नृत्य नीरज मोहन, फाईट दिलीप के. यादव.

मुख्य कलाकारन में नवोदित सुभम सागर, मोनालिसा, समीर खान, इरफान खान, कृष्णा पाण्डेय, जसवंत कुमार, दीपक भाटिया, चारू शर्मा, गोपाल राय, राम गोपाल मालवीय, दिव्या सिंह, नीता परिहार, दीपक पटेल, एस.पी. गोविन्द कुमार, आ लवी श्रीवास्तव शामिल बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..