मिथिलेश सिंह के एक वरदान मिलल

पिछला पचीस साल से बिहार रंगमंच से जुड़ल कलाकार मिथिलेश सिंह के “एक वरदान” मिल गइल बा. ई नाम ह ओह भोजपुरी फिल्म के जवना के निर्देशन मिथिलेश सिंह करीहें. मधुसूदन क्रिएशंस का बैनर तर एकरा के दिवाकर द्विवेदी आ अनिल मिश्रा बनावे जा रहल बाड़े. हालही में एह फिल्म “एक वरदान” के संगीतमय मुहुर्त भइल जब इंदु सोनाली का आवाज आ राजेश रजनीश का संगीत निर्देशन मे एह फिल्म के एगो गाना रिकार्ड करावल गइल.

मौका पर भोजपुरी सिनेमा के महानायक कुणाल सिंह, अनिल सम्राट, प्रकाश जैस, विष्णु शंकर वेलु वगैरह बहुते लोग मौजूद रहल. “दरार” फिल्म में नायक रह चुकल अनिल सम्राट एह फिल्म के नायक बाड़न आ नायिका बाड़ी रिंकू घोष. निर्देशक मिथिलेश सिंह बतवलें कि फिल्म के कहानी पुनर्जन्म से जुड़ल बा. नायिका के भाई साँप बन के जनम लेत बा आ नायिका के एगो वरदान दिहला का साथे एगो सच्चाईयो बतावत बा. उहे सच्चाई बाद में नायिका के परेशान करे लागत बा. कहलें कि फिल्म के शूटिंग अगिला महीना से शुरु हो जाई.


(स्रोत : प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।