मिर्जापुर के चुनार में सौ करोड़ लगा के स्टील प्रोसेसिंग कारखाना

काल्हु शनिचर का दिने मिर्जापुर जिला के चुनार तहसील के धौहा गाँव में केन्द्रीय इस्पात मंत्री बेनी प्रसाद वर्मा सौ करोड़ लगा के बने वाला स्टील प्रोसेसिंग कारखाना के शिलान्यास कइलन. एह कारखाना के एगो निजी कंपनी पीपीपी योजना का तहत लगाई आ केन्द्र सरकार एकरा ला सहयोग दी. नक्सल प्रभावित एह इलाका में एह कारखाना के खुलला से एहिजा के नवहियन के रोजी रोजगार मिले के संभावना बनी आ इलाका के विकासो होखी.

जान जाईं कि लोकसभा चुनाव जस जस करीब आवत जाई तस तस पाँच साल से सूतल सरकार एही तरह नया नया योजना के शिलान्यास करत जाई. उद्घाटन के नौबत आई कि ना से बाद में देखल जाई.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।