मिर्जापुर में गंगा नदी में कूद मरल एगो लईकी

(प्रतीक फोटो)


मिर्जापुर 12 अप्रैल (वार्ता). मिर्जापुर के जिगना इलाका में एगो लईकी आजु प्लाटून पुल पर से गंगा में छलांग लगा के डूब मरल.
पुलिस सूत्र बतवलें कि जोपा गांव के शिवशंकर माझी दुपहरिया में रामपुरघाट में गंगा नदी में मछली मारत रहुवे जब ओकर 15 बरीस के बेटी आरती अपना बहिन ज्योति संगे खाना लेके आइल रहुवे आ अचके में प्लाटून पुल से गंगा नदी में कूद गइल.
घटना के जानकारी मिलला पर पुलिस चहुँपल आ लाश जोहे ला गोताखोरन के तगवलसि बाकिर लाश ना मिलल. तलाश जारी बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।