मिर्जापुर में ट्रैक्टर का धक्का से नवही के मौत

(प्रतीक फोटो)


मिर्जापुर, 27 मार्च (वार्ता). मिर्जापुर के देहात कोतवाली इलाका में ट्रैक्टर का धक्का से साइकिल सवार नवही के मौत हो गइल.
पुलिस बतवलसि कि सेमरा गांव के पिन्टू (30) भट्ठा पर ड्राइवरी करत रहुवे. सबेरे जब ऊ साइकिल से भट्ठा पर जात रहल तबे जमुनहिया गांव का लगे एगो तेज रफ्तार ट्रैक्टर ओकरा साइकिल के धक्का मार दिहलसि.
एह हादसा में पिन्टू के ओहिजे मौत हो गइल आ चालक ट्रैक्टर छोड़के फरार हो गइल. पुलिस अब ओकर तलाश करत बिया.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।