मिर्जापुर में ट्रैक्टर पलटल, एगो औरत के मौत, तीन जने घाहिल

(प्रतीक फोटो)


मिर्जापुर, 05 अप्रैल (वार्ता). मिर्जापुर के हलिया इलाका के मडवा धनावल गांव में आजु सबेरे नौ बजे एगो ट्रैक्टर पलटला से ओह पर सवार एगो महिला मजदूर के मौत ओहिजे हो गइल आ तीन गो अउर मजदूरनी घवाहिल हो गइल बाड़ी सँ.
पुलिस बतवलसि कि मडवा धनावल गांव के एगो किसान के खेत कटाई करे गांव से चार गो महिला मजदूर – नचकाई देवी (65), बुधनी, इतवारी, अउर निशा – के ट्रैक्टर पर बइठा के दोसरा गाँवे ले जाइल जात रहुवे.
गांव के बाहर भीठा पर ट्रैक्टर असंतुलित होके अचानके पलट गइल आ ओह पर सवार चारो लोग ओकरा से दबा गइल. एह होदसा में 65 बरीस के नचकाई देवी (पत्नी बेनी प्रसाद) के ओहिजे मौत हो गइल आ बाकी तीनो औरत घवाहिल हो गइल बाड़ी. एह लोग के जिला अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
पुलिस लाश के पोस्टमार्टम ला भेज दिहले बिया. मरे वाली नचकाई देवी के बेटा ट्रैक्टर चालक का खिलाफ मामिला दर्ज करवले बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।