मिर्जापुर में सड़क हादसा, एगो महिला के मौत

(प्रतीक फोटो)


मिर्जापुर, 30 मार्च (वार्ता). मिर्जापुर के अहरौरा इलाका में आजु एगो ऑटो आ डम्पर के टक्कर में एगो औरत के मौत हो गइल आ आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.
पुलिस से पता चलल बा कि मुजाडीह के बलवन्त के परिवार आ नाता-रिश्तेदार गांव से एगो ऑटो में सवार होके कवनो समारोह में शामिल होखे चकिया जात रहलें. एही बीच पियरवा पोखरा का लगे ऑटो अचके में बेकाबू होके एगो डम्पर से टकरा गइल.
एह हादसा में रामसागर के पत्नी नन्दिनी के ओहिजे मौत हो गइल आ छह जना घवाहिल हो गइलें.
घविहलन के इलाज खातिर वाराणसी ट्रामा सेन्टर रेफर कइल गइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।