मिर्जापुर सड़क हादसन में महिला समेत दू जने के मौत

(प्रतीक फोटो)


मिर्जापुर 13 अप्रैल (वार्ता). मिर्जापुर जिला में आजु भइल दी गो सड़क हादसन में एगो महिला समेत दू लोग के मौत हो गइल.
पुलिस सूत्र बतवलें कि मड़िहान इलाका के राजापुर गांव का लगो दुपहरिया में एगो ट्रक के चपेटा में आ के जमुई गांव के जटाशंकर तिवारी के 38 बरीस के बेटा धनन्जय के मौत हो गइल. ऊ मोटरसायकिल से दवाई खरीदे गइल रहे आ लवटत में ई हादसा हो गइल. पादसा का बाद ट्रक चालक फरार हो गइल बा.
दोसरका हादसा में वाराणसी के लंका इलाका के रमना के रहे वाला विन्ध्यवासिनी पटेल अपना 45 बरीस उमिर के पत्नी किरन का साथे मोटरसाइकिल से मिर्जापुर आवत रहलन जब रसूलागंज गांव का लगे पीछे से आवत एगो तेज रफ्तार ट्रक उनुका मोटरसाइकिल के टक्कर मार दिहलसि. एह हादसा में किरन के मौत ओहिजे हो गइल आ पटेल बहुते घवाहिल हो गइल बाड़न. उनुका के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।