मिसाइलमैन अब्दुल कलाम उड़ गइलन

APJ_Abdul_Kalam
भारत के राष्ट्रपति रहल, परमाणु वैज्ञानिक, महान राष्ट्रभक्त, सरस्वती साधक अवुल पकीर जैनुलाब्दीन अब्दुल कलाम साहब के आज अचानके निधन हो गइल. देश दुनिया में मिसाइल मैन का नाम से मशहूर अब्दुल कलाम साहब के याद ना रहल कि जब मिसाइल छोड़ल जाले त ओकरा पहिले पूरा तइयारी होला आ पल पल के हिसाब राखे के पड़ेला. आजु शिलांग के आई आई एम के कार्यक्रम में शामिल होखे चहुँपल कलाम साहब का बारे में केहू के इचिको अनेसा ना रहल कि आजु उनकर आखिरी दिन होखे जा रहल बा.

84 बरीस के अब्दुल कलाम आजु साँझ बेरा करीब साढ़े छह बजे कार्यक्रम का दौरान गिर पड़लन आ उनकर खराब तबियत देखत आनन फानन में बेथानी अस्पताल में भरती करावल गइल जहाै से उनकर प्राण पखेरू हमेशा हमेशा ला उड़ गइल. बस आपन कृति आ यादगार छोड़ गइल. उनकर पार्थिव शरीर दिल्ली ले आवे के इन्तजाम हो रहल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।