मिस्र से हिन्दुस्तानियन के बचावत निकाल के ले आइल गइल

मिस्र का बवाल में फंसल करीब ३०० हिन्दुस्तानियन के पहिला खेप ले के एयर इण्डिया के जहाज आजु दिल्ली चहुँपल, एकरा के काल्हु भेजल गइल रहे कि हिन्दुस्तानियन के ओहिजा के दंगा फसाद से बचा के वापिस ले आइल जाव. अबही अउरी लोग के ले आवल जाई. ओहिजा के शासक होसनी मुबारक का खिलाफ जनता उठ खड़ा भइल बिया जवना के सरकार दबा नइखे पावत. जगहे जगह लूट मार हो रहल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।