मुँह लटका के लवटलें नवाज अमेरिका से

अमेरिका जा के राष्ट्रपति बराक ओबामा से बतियवला का बाद पाकिस्तान के प्रधानमंत्री नवाज कश्मीर खाली हाथे लवटे ला मजबूर हो गइलन. कश्मीर मामिला में दखल देबे के पाकिस्तानी मांग ना मनलसि अमेरिका आ इहो कह दिहलसि कि ओकरा साथे भारत जइसन परमाणु करार ना कइल जा सके. साथही अमेरिका उनुका के चेतवलसि कि आतंकियन का खिलाफ कार्रवाइ करे से गुरेज मत करसु. बाकिर ओकरा बादो नवाज शरीफ अपना आदत से बाज ना अइलन आ अमेरिकी कांग्रेस के एगो माथ थिंक टैंक यूएस इंस्टीट्यूट ऑफ पीस से कहलन कि भारत बात करे के तइयार नइखे आ आपन हथियारो बढ़वले जात बा जवना चलते पाकिस्तानो के अपना बचाव खातिर जरुरी उपाय करे के पड़त बा. सभा में नवाज शरीफ का खिलाफ नारे बाजी भइल. विरोध करे वाला के कहना रहुवे कि पाकिस्तान बलुचिस्तान से बाहर निकले.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।