मुंबई में ’अन्धा कानून’ के शानदार प्रीमियर शो

सिनेविस्टाज प्रस्तुति आ हिना आईएनसी के बैनर में बनल भोजपुरी फिल्म ’अन्धा कानून’ के प्रीमियर शो मुंबई के अंधेरी में नवरंग थियेटर में कइईल गइल.

एह मौका पर फिलिम के अभिनेता शमीम खान बतवलें कि ई उनुकर पहिला फिलिम ह जवन रिलीज भइल बा. कहलन कि करीब आधा दर्जन फिलिम बन के तइयार बाड़ी सं. मुंबई में ’अन्धा कानून’ के शानदार रिलीज़ से उत्साहित शमीम भरोसा जतवले कि बिहार आ यूपीओ में एकरा के पसंद कइल जाई. फिलिम देखे आ सराहे वाला दर्शकन से आभार जतावत शमीम खास कर के अपना बड भाई समान आ भोजपुरी सुपर स्टार मनोज तिवारी के धन्यवाद दिहलन जिनका से उनुका बहुत कुछ सीखे के मौका मिलल.

फिलिम के निर्माता बाबू त्यागी, निर्देशक इसरार अहमद, सह-निर्माता वसीम एस. खान, संगीतकार वैष्णो देवा अउर सुनील झा, गीतकार नज़र मोहरसवी, प्रमोद पांडे, तौफीक पालवी, लेखक सलीम मो., छायांकन एस. प्यारे, मारधाड़ कैशल-मोजे़ज, आ नृत्यनिर्देशक पप्पू खन्ना हउवें.

फिलिम के मुख्य कलाकारन में मनोज तिवारी, रानी चटर्जी, शमीम खान, रिंकू घोष, अवधेश मिश्रा, उमेश सिंह, एहसान खान, लईक खान, सीपी भट्ट, संतोष मिश्रा, इरफान आर. खान, और नागेश मिश्रा, सिमा सिंह, सम्भावना सेठ, अरूण सिंह, अउर अली खान शामिल बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।