मुंबई में पाखी का जलवा

सिनेमा भोजपुरी के नं. 1 अदाकारा पाखी हेगड़े के जलवा एह घरी मुंबई में देखे लायक बा. उनुकर हालिया रिलीज फिलिम ‘‘भईया हमार दयावान’’ मुंबई के दू दर्जन से बेसी सिनेमा घर में धमाल मचावत बावे. एह फिलिम में पाखी के टॉम बॉय लुक दर्शकन के बहुते भावत बा. दोसरे एह फिलिम में पहिला बेर पाखी आ मनोज तिवारी के जोड़ी बनावल गइल बा आ ओकरे के दर्शक पसंद करत बाड़े.

असलम शेख निर्देशित एह फिल्म के सफलता से पाखी हेगडे बहुते उत्साहित बाड़ी आ दर्शकन के धन्यवाद भेजत बाड़ी.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..